ho dekha maiya ji ke baghva kahaar

संग में बाड़ी सातो बहिनी चंडी दुर्गा काली
चलेला डोली हाली हाली मैया जी मुसकाली
देखा भैरो भैया चलत जाले सथवा
कहार बनल बा
हो देखा मइया जी के बघवा कहार बनल बा

लाला बिंदिया सोहे ला लाला चुनरी
बड़ा मन मोहतारी मइया मोरी सुनरी
गावे ला हो पचरा चियारे ला दतवा
कहार बनल बा
हो देखा मइया जी के बघवा कहार बनल बा…

Leave a Reply